
रवि किशन के एगो डॉयलॉग भोजपुरिया दर्शकन के बीच में खासा लोकप्रिय रहल बाटे - "जिन्दगी झंड बा, फिर भी घमंड बा..." लेकिन एह डॉयलॉग के जन्मदाता रवि किशन के सुर अब बदलल नजर आव ता. जी हाँ, भोजपुरी फिल्मन के सुपर स्टार रवि किशन अपना आये वाला फिल्म हम बाहुबली में एगो नया डॉयलॉग बोलत नजर अइहें - "इटली में पोप, आ बिहार में मंटू गोप".
लगभग 75 गो भोजपुरी फिल्मन में नायिका का संगे खेत-खलिहान में ठुमका लगवला का बाद रवि किशन पहिला बेर एगो बाहुबली के भूमिका में बाडे, जवन कि अपना जुबान से कम, आ आँखि से ढेर बात करेला.
रवि अपना नया भूमिका से काफी उत्साहित देखाई देहुअन. "हम बाहुबली में हमार किरदार मंटू गोप नांव के एगो बाहुबली विधायक के बा, जेकर अपना क्षेत्र में राज चलेला, आ ओकरा मर्जी के बगैर कवनो परिंदा भी ओहिजा पर ना मार सकेला," रवि किशन कहुअन.
"फिल्म के कहानी पढला के बाद हमरा लागल कि ई फिल्म भोजपुरिया समाज के झकझोर के ध दी. एह फिल्म ना सिर्फ लोगन के वर्तमान सामाजिक आ राजनीतिक माहौल से परिचित कराई, बल्कि इ समाज के दिशा आ दशा का ओर भी सोचे खातिर लोगन के मजबूर करी."
"एह फिल्म के निर्देशक अनिल अजिताभ जी हमरा किरदार पर बहुत मेहनत कइले बाडे, आ हमरा पूरा विश्वास बा कि एह फिल्म में लोगन के हमार एगो नया किरदार दिखाई दी... एह फिल्म के संवाद में भोजपुरिया बाहुबलियन के झलक साफ दिखाई दी...," रवि कहुअन.
महिन्द्रा एण्ड महिन्द्रा ग्रुप के कंपनी मुंबई मंत्रा द्वारा बनावल जा रहल एह फिल्म में रवि किशन के अलावा दिनेशलाल यादव निरहुआ, अमर उपाध्याय, रिंकू घोष, मोनालिसा, शक्ति सिंह, विष्णु शर्मा आ सोनल झा के मुख्य भूमिका बाटे. फिल्म के गीत लिखले बाडे विनय बिहारी, आ ओकरा के अपना मधुर संगीत से सजवले बाडे धनंजय मिश्रा. एह फिल्म के प्रस्तुतकर्ता अभय सिन्हा के यशी फिल्म्स हवे.
हिंदी लिखाड़ियों की दुनिया में आपका स्वागत। खूब लिखे। बढिया लिखे। हजारों शुभकामनांए।
ReplyDeleteकृपया वर्ड वेरिफ़िकेशन हटा दें ताकि टिप्पणी करने में कोई बाधा न रहे… धन्यवाद
जब आप कहीं से कुछ कॉपी कर के इस्तेमाल कर रहे हों, तो उसका नाम/ लिंक तो दे दिया किजिए. यह आलेख यहाँ से कॉपी किया गया था.
ReplyDeletehttp://www.bhojpuria.com/samachar/news.php?a=5417
हिन्दी ब्लॉग जगत में आपका हार्दिक स्वागत है, मेरी शुभकामनायें.....आशा है , आप अपनी प्रतिभा से हिन्दी चिटठा जगत को समृद्ध करने और हिन्दी पाठको को ज्ञान बांटने के साथ साथ खुद भी सफलता प्राप्त करेंगे .....हमारी शुभकामनाएं आपके साथ हैं।
ReplyDeleteप्राइमरी का मास्टर का पीछा करें
Bhojpuri Songs Blog:
ReplyDeletehttp://bhojpurimail.blogspot.com
This is the nice topics i liked it very much thank for the more information about me just go on
ReplyDeletehttp://www.pipe-fittings-flanges-india.com/
http://internetmarketingmumbai.blogspot.com/
http://twitter.com/visionwebsters
http://www.facebook.com/home.php#!/profile.php?id=100002001972262
http://www.squidoo.com/vision-websters
http://www.squidoo.com/free-advertising-shop
http://www.visionwebsters.com/
http://www.squidoo.com/stainless-steel-forged-fittings
http://in.linkedin.com/pub/ruby-daniel/2a/722/444